मयारिया कवने करनवा भुलईलू ना हो - Mayariya Kawane Karanwa Bhulailu pachra lyrics
मयारिया कवने करनवा भुलईलू ना हो -
Mayariya Kawane Karanwa Bhulailu pachra lyrics
भुलईलू ना
मयारिया कवने करनवा भुलईलू ना हो
भुलईलू ना
भुलईलू ना
सुनली की यही रह गइलू ,
मोरे घरे अयालू ना
मोरे घरे अयालू ना
सुनली की यही रह गइलू ,
मोरे घरे अयालू ना।
मोरे घरे अयालू ना।
मयारिया कवने करनवा भुलईलू ना हो
भुलईलू ना
भुलईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना
मोरे घरे अईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना।
मोरे घरे अईलू ना।
सुरुज देव से पहले अखिंया हम खोलीला हे मईया
सुगवा से पहिले जय माता दी हम बोलीला हे मइया।
खबरिया. कवने करनवा पठईलू ना हो
पठईलू ना हो
पठईलू ना
पठईलू ना हो
पठईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना
मोरे घरे अईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना।
मोरे घरे अईलू ना।
पाथर माटी के घर मइया तोहु चीन्हे लागलु का
धन निर्धन में भेद करें जग तोहु अइसन भइलू का।
मयारिया. कवने करनवा लुभयलु ला ना हो
लुभयलु ला ना हो ...
मोहैलु ना हो...
लुभयलु ला ना हो ...
मोहैलु ना हो...
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना
मोरे घरे अईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू ,
मोरे घरे अईलू ना।
मोरे घरे अईलू ना।
गइया गोबरा लिपली अँगना पोखरा मटिया से पीत हो
कलशा राखी ज्योतिमृत्युंजय गवले पचरा गीत हो
कलशा राखी ज्योतिमृत्युंजय गवले पचरा गीत हो।
नजरिया... कवने करनवा हटियालु ना हो
हटियालु ना हो
हटियालु ना..
सुनली की यही राहें गइलू , मोरे घरे अईलू ना
सुनली की यही राहें गइलू , मोरे घरे अईलू ना।
Comments
Post a Comment